मनमोहन तिवारी आ रानी चटर्जी के जोड़ी फेरू एक बेर
-

RaniManMohan-embrace
पिछला साल के सफल जोड़ी मनमोहन तिवारी आ रानी चटर्जी फेर एगो नया अंदाज़ में रूपहला परदा प आवे वाला बा.

मुकेश पाण्डेय निर्मित आ लेखक निर्देशक महेश पाण्डेय के फिलिम “रानी चली ससुराल” में एगो पागल प्रेमी बन के मनमोहन तिवारी सिनेप्रेमियन का दिल में घर बना लिहले. साथ ही फिलिम “सपूत” में दर्शकन के मोहित क लिहले. अब मनमोहन तिवारी रानी चटर्जी संगे ‘द ग्रेट इंडियन मदर’ फिलिम में फेरू नज़र अइहें. मनमोहन एगो अउर फिलिम “महाबली”ओ में जबरदस्त किरदार निभावत बाड़ें.

छोटका परदा पर रियलिटी शो ‘राखी का स्वयंबर’ से घर-घर में आपन उपस्थिति दर्ज करववला का साथही धारावाहिक – जमुनिया, आरक्षण, प्रतिज्ञा, होंगे न हम जुदा, अनामिका, क्राइम पेट्रोल, सावधान इंडिया वगैरह का जरिए मनमोहन तिवारी आपन मजगर पहचान बना चुकल बाड़न. आजुओ सोनी टी वी के चर्चित धारावाहिक सावधान इंडिया आ क्राईम पेट्रोल का अलावे दूरदर्शन पर सोमवार से शुक ले रोज रात 8:30 बजे से प्रसारित धारावाहिक पवित्र बंधन में अपना अभिनय के जादू बिखेरत बाड़न.
.
बिहार के रोहतास जिला के आयर कोटा तिवारी डीह गाँव के मूल निवासी मनमोहन तिवारी बी कॉम, एम ए, एल एल बी कइला का बाद दिल्ली के प्रसिद्ध थियेटर ग्रुप अस्मिता थियेटर से आपन अभिनय निखरलें. एगो सवाल के जवाब में मनमोहन तिवारी कहलन कि उ महेश पाण्डेय आ दुर्गा प्रसाद के आभारी बाड़न जे लोग उनका के भोजपुरी फिलिमन से जोड़ल.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts