‘सन्यासी बलमा’ के सर्टिफिकेट देबे मना क दिहलसि सेंसर बोर्ड
-

AwadheshMishra-in-SanyasiBalma
बहुचर्चित आ विवादित भोजपुरी फिलिम “सन्यासी बलमा” के सेंसर बोर्ड सर्टिफिकेट देबे से मना क दिहलसि.

एह प निर्माता के कहना बा कि धर्म के नाम पर पाखण्ड, अंध विश्वास फइलावे वाला ढ़ोंगी साधू सन्यासी जइसने ज्वलंत मुद्दा पर बनल एह पहिल प्रधान भोजपुरी फिलिम संगे अन्याय भइल बा जबकि बिना विषय के फूहड़ फिलिमन के धड़ल्ला से पास क दिहल जात बा. जब रउरा कुछ नया करे चलीलें त लोग साथ छोड़ देला आ हमरो संगे इहे भइल बा. बाकिर हम हिम्मत हारे वालन में ना हईं आ एह लड़ाई के आगा ले ले जाएब. सन्यासी बलमा फ़िलिम से जुड़ल सगरी लोग से निहोरा बा कि एह फिलिम के दर्शकन ले चहुँपावे में हमार मदद करसु.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts