नमो के लहर बुलंद करे ला म्यूजिक वीडियो के रिकार्डिंग
-

AnilYadavSinger-with-Team
नमो के लहर तेज करे ला सेन इंटरटेनमेंट के बैनर में बड़हन पैमाना प म्यूजिक वीडियो अल्बम बनावल जा रहल बा.

निर्माता मनोज पटेल आ शर्मिला पटेल के एह म्यूजिक विडियो के प्रबंधक अरुण पाण्डेय बाड़े. एह अल्बम में कुल 10 गो गीत बा जवना के आवाज दिहले बाड़न अनिल यादव ‘माटी के लाल’ आ इन्दू सोनाली. मोदी जी के नमो नमो के लहर, जवन विकास के दुसरका नाम बन गइल बा, के जन जन ले चहुँपावे के एगो मज़बूत पहल में आज के ढोंगी साधू-सन्यासियन के करियाह कहानीओ से जन मानस के जगावल गइल बा. हाल के अउरियो घटनन के गीतन मे दरसावल गइल बा. बाबा रामदेव के योग कइसे सिखावल जाला इहो एह गीतन में मौजूद बा.

मशहूर लोक गायक अनिल यादव ‘माटी के लाल’ के आवाज संगीत प्रेमियन के बहुते पसंद आवे वाला बा. संगीतकार अनिल अंजना, रिकार्डिस्ट राकेश शर्मा आ कलाकारन में अनिल यादव आ एकर एंकर आ कॉमेडियन विनोद पाण्डेय के जुगलबंदीओ देखे के मिली.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts