बाजेला बधाईया अँगनवा-दुअरिया

– केशव मोहन पाण्डेय

Janmashtami16

जनम लिहले कन्हैया
कि बाजेला बधाईया
अँगनवा-दुअरिया नू हो।
अरे माई, दुआरा पर नाचेला पँवरिया
कि अइले दुखहरिया नू हो।।

बिहसे ला सकल जहान
कि अइले भगवान
कि होई अब बिहान नू हो।
अरे माई, हियरा में असरा बा जागल
झुमेला नगरिया नू हो।।

गरजि-चमकि मेघ बरसेले
दरस के तरसेले
मनवा में हरसे नू हो।
अरे माई, जुग-जुग जियें नंदलाल
कि आँखि के पुतरिया नू हो।।

keshav-mohan-pandey

देखि के जमुना धधा गइली
अउरी अगरा गइली
कान्ह पर लुभइली नू हो।
अरे माई, साँवरी सुरत मनभावन
हटे ना नजरिया नू हो।।

2 Comments

  1. omamritanshu

    बहुत नीमन सोहर। जय हो..



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।