बिहार आ यूपी में बाढ़ के कहर से अबले 623 लोग के मौत

बिहार के समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर आ दरभेगा समेत अउरी इलाकन में आइल बाढ़ से अबहीं ले नाहियो त 514 लोग के जान जा चुकल बा. लाखो लोग एह आफत से बेघरबार हो गइल बा.

यूपी के गोरखपुर, लखीमपुर खीरी, बलिया, आजमगढ़, कुशीनगर, महाराजगंज आ सिद्धार्थनगर में आइल बाढ़ से अबहीं ले 109 लोग के जान जा चुकल बा.

दूनू राज्यन में राहत आ मुआवजा देबे के काम कइल जा रहल बा. मुख्यमंत्री आदित्यनाथ बाढ़ के पानी में नाव से घूम का हालात के जायजा लिहलन. सरकार के कहना बा कि हालात में तेजी से सुघार हो रहल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।