बिहार के खबर

(शनिचर, 3 दिसंबर)

  • मुजफ्फरपुर-मोतिहारी रेलखंड पर शुक के देर रात पिपरांहा हॉल्ट आ कांटी टीसनका बीच एगो सवारी गाड़ी में लूटपाट का साथे मारपीट कइल गइल. एहमें पाँच गो सवारी घवाहिल हो गइले.
  • बिहार के अनेके पंचायत के खाली जगहन के भरे खातिर आजु राज्य के बहुते जिला में उपचुनाव करावल गइल. वोट के गिनिती काल्हु करावल जाई.
  • बिहार में डाक्टर लोग के रिटायरमेंट के उमिर बासठ से बढ़ा के पैंसठ साल कर दिहल गइल.
  • बीस आ इकइस दिसंबर के होखे वाला प्राथमिक शिक्षक पात्रता परीक्षा के तइयारी प्रशासन शुरु कर दिहलसि जेहसे कि एकरा के बढ़िया से करावल जा सके. एह इम्तिहान में छब्बीस लाख अभ्यर्थी शामिल होखीहें जबकि दू लाख बाइस हजार आवेदन गलत तरीका से भरइला का चलते रद्द कर दिहल गइल बा.
  • घूसखोरी का मामिला में पश्चिम चंपारण जिला के दू गो दारोगा रत्नेश कुमार आ हरिश्चन्द्र प्रसाद के बर्खास्त कर दिहल गइल बा.
  • 0 Comments



    अंजोरिया पर खोजीं -

    आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

    anjoria@rediffmail.com

    अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

    Recent Posts

    पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

    🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

    अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

    🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।