बीहड़ में नचली सीमा सिंह

भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन आयटम गर्ल सीमा सिंह के पिछला दिने बीहड़ में एगो आयटम नंबर के शूटिंग करे के पड़ल जवना के दर्शकन में असली डकैतो आ गइल रहलें. बाकिर ऊ सभे बहुत शालीनता से नाच देखले आ तनिको ना लागल कि ई खूंखार डकैत हउवें. ई आयटम नंबर भोजपुरी फिल्म खातिर ना होत रहे बलुक हिन्दी फिल्म “बीहड़” खातिर होत रहे जवना के निर्माण करत बाड़े फिल्म “वुन्डेड” के निर्माता कृष्णा मिश्रा. अब एह आयटम का बाद हिन्दीओ फिलिमन में सीमा के जलवा चमके लागे त कवनो अचरज के बात ना होखी. उनुका दिवाना दर्शकन खातिर ई खुशी के बात बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।