बेतिया कोर्ट हाजत से कैदी फरार

पश्चिम चंपारण जिला के व्यवहार न्यायालय परिसर के हाजत से काल्हु बियफे का दिने एगो सजायाफ्त कैदी पुलिस के चकमा देके फरार हो गइल.
पुलिस के कहना बा कि सूत्रो मंडल कारा में बंद कैदी रंजीत मल्ल्कि उर्फ रंजीत डोम के काल्हु बियफे का दुबे व्यवहार न्यायालय में पेश कइल गइल आ कोर्ट हाजत मे राखल गइल. बाद में रंजीत ओहिजा से पुलिस के चकमा दे के फरार हो गइल.
कहल जात बा कि रंजीत मल्लिक बेतिया नगर थाना के नवरंगाबाद गांव के निवासी ह आ हत्या अउर अपहरण के मामिला में पिछला दू साल से जेल के सजा काटत रहुवे.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।