भोजपुरिया परदा पर ब्रजेश त्रिपाठी के जलवा

भोजपुरी सिनेमा में कई गो नायक के जलवा रहल बा बाकिर चरित्र अभिनेतन में ब्रजेशे त्रिपाठी के नाम सबसे पहिले आवेला. ब्रजेश त्रिपाठी पिछला तीस साल से भोजपुरी सिनेमा से जुड़ल बाड़े. साल ७९ में सईया तोहरे कारण से आपन शुरुआत करे वाला ब्रजेश त्रिपाठी खलनायक का रुप में सबसे पहिले बाँसुरिया बाजे गंगा तीर में काम कइले.

भोजपुरी सिनेमा के तीसरका दौर जवना के ओकर स्वर्णिम काल कहल जाला के पहिला फिल्म सईया हमार से ब्रजेश त्रिपाठी के जलवा आजु ले बरकरार बा आ लगातार जारी बा. सईया हमार, गंगा जइसन भाई हमार, पंडित जी बताई ना बियाह कहिया होई. पूरब, देहाती बाबू, उठाइले घुंघटा चाँद देख ल, रसिक बलमा, कन्हैया, देवा, रंग ली चुनरिया तोहरे नाम, परिवार, रंगबाज दरोगा, आ साल २००९ के सबसे बड़हन हिट फिल्म तोहार नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ बाड़ू हो जइसन पचासन फिल्मन में दमदार अभिनय करे वाला ब्रजेश त्रिपाठी के एह साल प्रदर्शित फिल्म सात सहेलियाँ, देवरा बड़ा सतावेला, आ सईया के साथ मड़ईया में बाक्स आफिस पर धमाल कइले बाड़ी सँ.

ब्रजेश त्रिपाठी अपना एह सफलता के श्रेय भगवान, दर्शकन, परिवार, आ शुभचिन्तकन के देले. सगरी निर्देशकन के ऊ पहिला पसन्द हउवें आ मोहन जी प्रसाद, असलम शेख, जगदीश शर्मा, हैरी फर्नाण्डिज, आ राजकुमार पाण्डे के ऊ विशेष आभारी हउवें. अबही उनकर दर्जन भर फिल्म तइयार हो के रिलीज का कगार पर बाड़ी सँ जवना में तू ही मोर बालमा, मृत्युंजय, करुक्षेत्र, ननिहाल, लहरिया लूटऽ ए राजा जी, मार देब गोली केहू ना बोली शामिल बाड़ी सँ.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments