भोजपुरी सिनेमा के मनोबल बढ़ाई ‘मैनास प्रोडक्शन’ : हलचल सिंह

HalchalSinghभोजपुरी सिनेमा के तिसरका दौर के शुरुआत बहुते बढ़िया रहल आ इंडस्ट्री मुनाफो खूब कमइलस. बाकिर गँवे गँवे भोजपुरी सिनेमा भोजपुरी संस्कृति से कोसो दूर हो के फूहड़ आ दूअर्थी डायलागन के शिकार होखे लागल. परिणाम भइल कि भोजपुरी सिनेमा से सभ्य परिवार आ महिला वर्ग बहुते दूर हो गइले.

एह हालात से दुखी होके वीर कुंवर सिंह के धरती जगदीश पुर के लाल आ सफल व्यसायी हलचल सिंह भोजपुरी सिनेमा के मनोबल बढ़ावे ला मैंनास प्रोडक्शन प्रा लि बना के भोजपुरी फिलिम बनावे का काम में लागे के फैसला कइले. एह प्रोडक्शन के पहिला फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के पोस्ट प्रोडक्शन के काम तेजी से होखत बा. बतावल जात बा कि फिलिम साफ सुथर आ परिवार संगे देखे लायक बनल बा.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।