‘बागी भइले सजना हमार’ के भव्य मुहूर्त भइल
-

BagiBhaileSajnaHamarओम साईं संसार एंटरटेनमेंट के बैनर तर बने जात पारिवारिक फिलिम ‘बागी भइले सजना हमार’ के भव्य मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के रहेजा क्लासिक क्लब में बहुते धूमधाम से कइल गइल.

एकर निर्माता विनोद श्रीवास्तव आ राजेश शुक्ला, लेखक निर्देशक आर के शुक्ला, संगीतकार संतोष श्रीवास्तव, गीतकार श्रीकांत मिश्रा, छायांकन मनोज व्यास के, नृत्यगुरू राम देवन, संकलन भरत सिंह के आ फाईट मास्टर हिमाल हउवें.

मुख्य कलाकारन में विराज भट्ट, प्रिंस राजपूत, आम्रपाली, एहसान खान, रोशनी वर्मा, सीमा सिंह, रानू पाण्डेय, सूरज कुमार, अउर अवधेश मिश्रा के नाम बा.

मुहुर्त का शुभ अवसर पर मुख्य अतिथियन में शामिल रहलन टी सीरीज के अजीत कोहली, वर्ल्ड वाइड रिकार्ड के सी एम डी रत्नाकर सिंह, कुलदीप ग्रेवाल वगैरह.

शूटिंग 25 मई से गौतम बुद्ध के तपस्थली सिद्धार्थ नगर, उत्तर प्रदेश में शुरू होखी.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts