‘‘मर्द हिम्मतवाला’’ के शुरुआत हो गइल

मौर्या फिल्म्स का बैनर में लेखक-निर्माता-निर्देशक जे. पी. मौर्या के भोजपुरी फिल्म ‘‘मर्द हिम्मतवाला’’ के शुरूआत पिछला दिने मुंबई के गोरेगाँव के क्लासिक कम्फर्ट होटल में भव्य पार्टी का साथे कइल गइल. एह फिल्म में पंकज केसरी, शिव शर्मा, अंजना सिंह, मोहन जोशी, आनंद मोहन, हैरी जोश, हीरा यादव, आलोक यादव आ सुरेन्द्र पाल के प्रमुख भूमिका बा. गीत-संगीत विनय बिहारी के, क्रिएटिव डायरेक्शन अनिल पाल के, संवाद लेखन सजेन्द्र लाल यादव (लालजी) के, एक्शन हीरा यादव के, आ छायांकन मनोज सी कुमार के रही.
मुहुर्त का मौका पर भोजपुरी सिटी के किशन खदरिया, अभिनेत्री रीतू मेहरा, अभिनेता मनोज द्विवेदी, निर्देशक सिद्धार्थ श्रीवास्तव समेत कई गो गणमान्य लोग मौजूद रहे.


( स्रोत : प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।