मारीशस का चुनाव में अलायन्स आफ द फ्यूचर के जीत


पिछला सात मई के मारीशस में भइल आम चुनाव में प्रधानमंत्री नवीन रामगुलाम का नेतृत्व में बनल अलाययन्स आफ द फ्यूचर शानदार जीत दर्ज कइलस आ संसद के साठ गो सीधे चुनल जाये वाला सीटन में से ४१ गो जीत लिहलसि. एह गठबन्धन में नवीन रामगुलाम के मारीशस लेबर पार्टी, प्रविन्द जगनाथ के मिलिटैन्ट सोशलिस्ट मूवमेंट, आ जेवियर दुवल का नेतृत्व वाली मारीशियन सोशल डेमोक्रेटिक पार्टी शामिल रहे.

विपक्षी गठबन्धन अलायन्स आफ द हार्ट के १८ गो सीट मिल पावल जबकि ओकरा पक्ष में ४२.३६ फीसदी वोट पड़ल. अलायन्स आफ द फ्यूचर के ४९.३१ फीसदी मत मिलल बा. अलायन्स आफ द हार्ट के नेता पाल बेरेन्जर का पक्ष में कुछ अखबार अइसन हवा बनवले रहलें कि बुझात रहुवे कि बेरेन्जर एक बेर फेर से मारीशस के प्रधानमंत्री बन जइहें. ब्रिटिश गुलामी से मुक्त भइला का बाद साल २००३ से २००५ ले बेरेन्जरे प्रधानमंत्री रहलें आ मारीशस के ऊ अकेला प्रधानमंत्री बनलें जे साउथ एशियन मूल के ना रहुवे.

अलायन्स आफ द हार्ट में पाल बेरेन्जर के मारीशियन मिलिटैन्ट मूवमेन्ट का साथ कई गो छोट छोट पार्टी रहलीं सँ आ चुनाव प्रचार का दौरान कुछ संभावना बनल रहे कि एमएमएम आ एमएसएम का बीच समझौता हो जाई. अगर अइसनका हो जाइत त चुनाव परिणाम कुछ दोसरे रहित. खैर साल २००५ आ साल २०१० के चुनाव जीत के नवीन रामगुलाम मारीशस में भोजपुरी के आस जियतार राख लिहलें. वइसे मारीशस में सबसे बेसी लोग के भाषा होखला का बावजूद भोजपुरी सरकारी उपेक्षा के शिकार बिया.

एहिजा मारीशस के चुनाव प्रणाली का कुछ खास बात के जिक्र कइल जरुरी बा. ६२ सीट पर सीधा चुनाव होला जबकि आठ गो नामांकन अइसन तरीका से कइल जाले कि हर समुदाय के प्रतिनिधित्व मिल जाव आ चुनाव के परिणामो ना बदले. एह सीट पर ओह लोग के नामांकन कइल जाला जवन ओह समुदाय के सबसे बेसी मत पा के हारे वाला उम्मीदवार के दिहल जाला जवना के प्रतिनिधित्व ना मिल पावे. एकरा खातिर हर उम्मीदवार के अपना समुदाय का बारे में जानकारी देबे के पड़ेला. अबकी १०४ गो उम्मीदवार अइसनका जानकारी देबे से इन्कार कर दिहलें एहसे बाकी बाचल ५२९ उम्मीदवारन में से फैसला ले के सात गो नामांकन कइल गइल. एहमें से चार गो अलायन्स आफ द फ्यूचर के मिलल आ दू गो अलायन्स आफ द हार्ट के. एगो नामांकन रोड्रिग पार्टी के मिलल. आठवाँ सीट पर केहू के नामांकन ना हो सकल काहे कि बाकी बचल दू गो पार्टियन में कवनो चाइनीज मारीशियन उम्मीदवार रहबे ना कइल.

एह चुनाव का दौरान विदेशी पर्यवेक्षक चुनाव के मुक्त आ पारदर्शी बतवलें जबकि हारे वाला गठबन्धन सरकार पर आरोप लगवले बा कि ऊ सरकारी टेलीविजन के उपयोग सत्ताधारी गठबन्धन के पक्ष में प्रचार करे खातिर कइलस. जबकि मारीशस के एगो समाचार पत्र खुल के विपक्षी गठबन्धन खातिर प्रचार कइलस जवना में कइ बेर साँच के झूठ आ झूठ के साँच बना दिहल गइल. चुनाव का दौरान साम्प्रदायिक भावना भड़कावहूं के भरपूर कोशिश कइल गइल. आशा कइल जाव कि चुनाव पूरा हो गइला का बाद एह भावना के खतम कर दिहल जाई,


(स्रोत : मारीशस के समाचारपत्रन से मिलल जानकारी का आधार पर )

1 Comment

  1. Santosh Kr. Patel

    इन्द्रप्रस्थ भोजपुरी परिषद् के ओर से श्री नविन चंद रामगुलाम जी के ढेर सारा वधाई
    न्यूज़ देवे खातिर अंजोरिया के भी बधाई
    संतोष कुमार पटेल
    संजोजक: इन्द्रप्रस्थ भोजपुरी परिषद्, नई दिल्ली
    महासचिव: “पुरवैया” अखिल भारतीय गैरसरकारी संस्था पंजीकृत
    संपादक: “भोजपुरी जिनिगी”तिमाही भोजपुरी पत्रिका