राजद के एगो अउर अपराधी नेता के मिलल उमर कै


अपराधी आ बाहुबली नेता त हर दल में मिल जइहें बाकि राजद में भरल बाड़े। चारा चोर लालू के गोल के सांसद रहल नेता प्रभुनाथ सिंह के मशरख से विधायक अशोक सिंह के खून करे का अपराध में आजु उमर कैद के सजा सुना दिहलसि हजारीबाग के एगो अदालत।
अलग बात बा कि 23 बरीस पहिले खून करे वाला ई अपराधी एह बीच सांसदो रहल आ आपन नेतागिरी चलावत रहल।
चारा चोरी घोटाला में सजा मिलला का बावजूद लालू आजुओ बाहरे बाड़न आ आपन धौंसगिरी चलावते बाड़न। गनीमत बा कि राहुल का चलते अब चुनाव नइखे लड़ सकत ई घोटालेबाज।
प्रभुनाथो अब चुनाव ना लड़ पइहें।
एह हत्या में शामिल रहल प्रभुनाथ सिंह के भाई दीनानाथ सिंह अउर रितेशो सिंह के उमर कैद के सजा सुनावल गइल बा. साथ ही तीनो जने प 40-40 हजार रुपिया के जुर्मानो लगावल गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।