लोकनायक के जयंती पर उनका के श्रद्धांजलि दीहल गइल

लोक नायक जयप्रकाश नारायण के 112 वीं जयंती पर आज उनका के बिहार में भावुक श्रद्धांजलि दीहल गइल. पटना में मुख्य राजकीय समारोह आयकर गोलम्बर पर आयोजित भइल जहवां मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उनका मंत्रमिंडल सदस्य स्व॰ जयप्रकाश नारायण के आदमकद प्रतिमा पर माला चढ़ा के आपन श्रद्धांजलि दीहले. बाद मे नीतीश कुमार कदमकुआँ स्थित जे पी के आवासो पर गइले.
भाजपा. के वरिष्ठ नेता अनंत कुमार, सुशील कुमार मोदी, नंद किशोर यादव, धर्मेन्द्र प्रधान, मंगल पांडेय आ गिरिराज सिंह समेत अनेके नेतो आयकर गोलम्बर पर लगावल स्व॰ जयप्रकाश नारायण के प्रतिमा पर माला चढ़ा के श्रद्धांजलि दीहलो. भाजपो नेता लोग जेपी के कदमकुआँ आवास पर गइल आ उनुका के याद कइल.
राजद एह मौका पर संकल्प सभा के आयोजन कइलस. राज्य में अनेके जगहा जेपी के जयंती मनावे के खबर आइल बा.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।