सपा सरकार पर शिया समाज के अनदेखी करे के आरोप लगवले हसन मेहदी

जौनपुर में पत्रकारन से बतियावत आल इण्डिया शिया जागरण मंच के राष्ट्रीय अध्यक्ष हसन मेहदी कहलन कि प्रदेश के सपा सरकार शिया समाज के अनदेखी करत बिया. कहलन कि आजु भइल मंत्रिमंडल विस्तार से सपा के असली चेहरा सामने आ गंइल आ अगिला चुनाव में शिया समाज सपा के मुखालिफत करे के मन बना लीहले बावे.
हसन मेहदी के कहना रहे कि गाजीपुर के जहूराबाद विधानसभा से सादाब फातिमा सपा से दुसरका बेर विधायक चुनाइल बाड़ी बाकिर उनको के मंत्रिमंडल से फरका राखल गइल बा. कहलन कि सपा के ध्यान मे राखे के चाहीं कि एक दर्जन से अधिका सीट पर शिया वर्ग के मतदाता निर्णायक भूमिका अदा करेला. अगर सपा अइसहीं शिया समाज के अनदेखी करत रहल त शिया वर्ग ओकरा से किनारा कर ली.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..