वाराणसी में भयंकर आग से करोड़ों के नुकसान

वाराणसी, 29 अगस्त(आईएएनएस). उत्तर प्रदेश के वाराणसी जिला के सारनाथ इलाका में विश्वमित्र कोल्ड स्टोरेज में सोमार का दिने भयंकर आग लाग गइल. आग बुतावे खातिर दमकल के 20 गो गाड़ी लगावल गइल बा. आग अतना भयंकर बा कि ओकरा के बुतावे में कई घंटा लाग सकेला.

एह आग से करोड़ों रुपिया के नुकसान भइल बा आ कोल्ड स्टोरेज में राखल सूखा मेवा, गरम मसाला, फल अउर सब्जियन के भंडार जर के राख हो गइल बा.

आग कइसे लागल एकरा बारे में अबही कुछ नइखे कहल जा सकत. पुलिस इहो देखत बिया कि कोल्ड स्टोरेज में आग से निपटे के पूरा इंतजाम रहुवे कि ना.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।