चारा घोटाला मामले में लालू आ जगन्नाथ अदालत में हाजिर भइले
-

पटना, 29 अगस्त (आईएएनएस). पटना में केंद्रीय जांच ब्यूरो के विशेष अदालत में सोमार का दिने चर्चित चारा घोटाला का एगो मामिला में बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू यादव अउर जगन्नाथ मिश्र समेत 34 गो आरोपी हाजिर भइलन.

एह मामिला में 11 गो आरोपी अपना के मामिला से बरी करे के अपील कइले रहले बाकिर अदालत ओह लोग के निहोरा याचिका ना मनलसि. ओकरा बाद ऊ लोग आजु सोमार के विशेष अदालत से फैसला के खिलाफ उच्च न्यायालय जाये खातिर समय मांगल त अगिला सुनवाई ले तारीख 21 सितम्बर मुकर्रर कइल गइल.

मामिला कले की जांच कर रही सीबीआई ने कुल 44 आरोपियों के खिलाफ मार्च 2003 में आरोप पत्र दाखिल कइले बिया जवना में से छह जने मर चुकल बाड़े, दू जने सरकारी गवाह बन गइल बाड़े आ दू जने अबहियो फरार बाड़े.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts