उत्तर प्रदेश के खबर, सोमार 29 अगस्त का दिने
-
  • उत्तर प्रदेश में भारतीय जनता पार्टी के युवा इकाई भारतीय जनता युवा मोर्चा एक सितम्बर से राज्यभर में केंद्र अउर मायावती सरकार के भ्रष्टाचार का खिलाफ जनजागरण अभियान चलाई.
  • उत्तर प्रदेश के बांदा जिला में चित्रकूट धाम जाये वाला श्रद्धालुअन से भरल एगो तेज रफ्तार बस गहिर खाई में पलटी मार दिहलसि जवना में ओह पर सवार सात लोगे के मौत हो गइल आ 40 जने घवाहिल हो गइले. सगरी लोग हमीरपुर जिला के रहल.
  • उत्तर प्रदेश के प्रमुख नदियन में जलस्तर नीचे अइला का बावजूद बाढ़ के खतरा कम नइखे भइल.
  • जौनपुर के मुरादपुर मोड़ पर एगो गाड़ी के चपेटा में आ के दुपहिया पर सवार दू गो नौजवानन के मौत हो गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts