सिवान के लड़िकी अपना प्रेमी साथे पकड़ाइल

सोमार का रात डेहरी आन सोन के दू नंबर प्लेटफार्म से पुलिस एगो नवही जोड़ी के हिरासत में ले लिहलसि. पूछताछ से पता चलल कि औरंगाबाद के लड़िका दिल्ली में काम करेला आ ओहिजे ओकरा सिवान के एह लड़िकी से प्यार हो गइल जवना के बाप दिल्ली में काम करेले. एह प्रेम में पड़ के दुनु भा निकलले आ लड़िका के गाँवे आके शादी कर लिहलें. शादी का बाद दुनु वापिस दिल्ली लवटे का तइयारी में रहलें जब पुलिस दुनु के पकड़ लिहलसि. लड़िकी के बाप के खबर भेज दिहल गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।