अबकी दिवाली खास रहल रवि किशन के


भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन खातिर अबकी के दिवाली खास रहल काहे कि उनका बीस साल के फिल्मी कैरियर में अइसनका सुखद संजोग पहिलका बेर आइल. रवि किशन खातिर दीपावली के त्योहार हमेशा से ख़ास रहल बा काहे कि एही त्योहार पर ऊ आपन पहिलका कमाई से माई खातिर साड़ी किनले रहलें. ऊ पहिलका कमाई अखबार बेच के मिलल रहे. माई अपना खातिर ले आइल साड़ी देख के रविकिशन के थप्पड़ मरले रहली काहे कि उनुका लागल रहुवे कि बेटा गइल बा. रविकिशन के अखबार बेचे वाला काम का बारे में परिवार के मालूम ना रहे.

अपना याद में डूबल रवि किशन बतावत बाड़न कि उनुका शादी का बाद पहिला बेर अइसन मौका मिलल कि दिवाली के सुबह जौनपुर जिले के अपना विसुई गाँव में माता पिता के आशीर्वाद लिहले आ साँझ के मुंबई में अपना परिवार का साथे दिवाली मनवलन. पहिले या त ऊ गाँवे दिवाली मनावत रहले भा मुंबई में. बाकिर अबकी बेर दुनु जगहा मनावे के मौका मिल गइल.

बतावे लायक बाति इहो बा कि आजुकाल्हु रवि किशन अपना गाँवे में एगो भोजपुरी फिल्म “प्राण जाये पर वचन ना जाये” के शूटिंग करत बाड़न. इहो उनकर एगो सपना रहुवे जवन बीस साल बाद पूरा भइल बा. रहे हैं.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।