अबकी बरेली में झुमका गिरे के अनेसे ना रही


(संसद टीवी के स्क्रीनशॉट से निकालल श्रीमती सोनिया गाँधी के तस्वीर)

15 गो राज्यन के 56 गो सीट पर राज्यसभा सांसदी के चुनाव होखे जा रहल बा. काल्हु 15 फरवरी 2024 आखिरी दिन होखी जबले नामांकन दाखिल कइल जा सकेला.

एह सीटन पर सत्ताधारी गोल भाजपा मध्यप्रदेश से डॉ एल मुरुगन, श्री उमेशनाथ महाराज, श्रीमती माया नरोलिया आ श्री बंसीलाल गुर्जर के, ओडिसा से श्री अश्विनी वैष्णव के, राजस्थान से श्री चुन्नीलाल गरासिया, आ श्री मदन राठौर के, बिहार से डॉ धर्मशीला गुप्ता आ डॉ भीम सिंह के, छत्तीसगढ़ से राजा देवेन्द्र प्रताप सिंह के, हरियाणा से श्री सुभाष बराला के, कर्नाटक से श्री नारायण कृष्णासा भांडगे के, उत्तर प्रदेश से श्री आर पी एन सिंह, डॉ सुधांशु त्रिवेदी, चौधरी तेजवीर सिंह, श्रीमती साधना सिंह, श्री अमरपाल मौर्य, डॉ संगीरा बलवंत, आ श्री नवीन जैन के, उत्तराखंड से श्री महेन्द्र भट्ट के, गुजरात से श्री जेपी नड्डा, श्री गोविंदभाई ढोलकिया, श्री मयंकभाई नायक, आ श्री जसवंत सि‌ह सलामसिंह परमार के, महाराष्ट्र से श्री अशोक चव्हाण, श्रीमती मेधा कुलकर्णी आ डॉ अजीर गोपछ़ड़े के, आ पश्चिम बंगाल से श्री सामिक भट्टाचार्य के आपन उम्मीदवार बनवले बिया.

एकरा अलावे भाजपा के सहयोगी गोलो अलगा से आपन-आपन उम्मीदवार घोषित कइले बाड़न. जान जाईं कि राज्यसभा चुनाव में विधायक वोट देबेलें आ मोटामोटी तय होला कि कवना राज्य से कतना उम्मीदवार जीत सकेलें. हँ अगर कुछ विधायक पाला बदल लेसु त परिणाम में बदलाव आ जाला.

जीत के एही गारंटी का चलते कांग्रेस के सबले बड़का नेता आ बरीसन ले अध्यक्ष रह चुकल सोनिया गाँधी अबकी लोकसभा चुनाव लड़े के जोखिम से बाचे खातिर राजस्थान से राज्यसभा के नामांकन दाखिल कर दिहली आजु. एह मौका पर उनुकर बेटा राहुल गाँधी आ बेटी प्रियंका गाँधी मौजूद रहली. पिछला चुनाव में अमेठी से मिलल राहुल गाँधी के हार का बाद से नेहरु-गाँधी परिवार के अनेसा रहुवे कि पता ना कहीं अबकी रायबरेली सीटो से हार मत मिल जाव. से बरेली में दूसरका बेर झुमका ना गिरे एह चलते ऊ राज्यसभा के आसान राह ध लिहली. वइसे इहो साँच बा कि उनुकर स्वास्थ्य एह घरी बहुते खराब चलत बा आ लोकसभा चुनाव लड़ल उनुका ला सही ना रहीत. कहे वाला कह सकेलें कि अगर स्वास्थ्य अतना खराब त राज्योसभा में गइला के का जरुरत. सक्रिय राजनीति अपना बेटा-बेटी का भरोसे छोड़ देती. बाकिर तब उनुकर 10 जनपथ वाला बंगला से विदाई हो जाइत. एहसे इहो एगो बड़का कारण बा कि बुढ़ापा आ खराब स्वास्थ्य का बावजूद ऊ सांसदी ना छोड़ सकत रहुवी.

कांग्रेस का तरफ से बाकी राज्यसभा सीटन के उम्मीदवारन में से कुछ नाम बा मध्यप्रदेश से श्री अशोक सिंह, तेलंगाना से श्रीमती रेणुका चौधरी आ श्री अनिल कुमार यादव के, कर्नाटक से श्री अजय माकन, श्री सैयद नसीर हुसेन आ श्री जीसी चन्द्रशेखर के, हिमाचल प्रदेश से श्री अभिषेक मनु सिंघवी के, बिहार से अखिलेश प्रसाद सिंह के, आ महाराष्ट्र से श्री चन्द्रकांत हंडोरे के.

सोनिया गांधी के लोकसभा चुनाव से एह पलायन के बहुते खराब असर कांग्रेस आ इंडी गठबन्धन पर पड़े से इंकार ना कइल जा सके. कतना दुख के बात बा कि उत्तरप्रदेश के 80 गो लोकसभा सीटन में से एकहू अइसन सीट नइखे जहवां से नेहरु-गाँधी परिवार के लोग सुरक्षित भाव से चुनाव लड़ सके. हवा में उड़त बा कि शायद अब प्रियंका गाँधी के कहल जाव कि ऊ रायबरेली से लोकसभा के चुनाव लड़सु. अलग बात इहो बा कि बतावल जात बा कि प्रियंका गाँधी चाहत रहुवी कि उनुको के एही तरह हिमाचल प्रदेश से राज्यसभा भेज दीहल जाव. बाकिर परिवार के अन्दरुनी राजनीति उनुका के ई मौका ना दिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *