अब भोजपुरीओ के आपन मूवी चैनल ‘ऑस्कर मूवीज भोजपुरी’

AnandSingh-BSLaliभोजपुरी फिलिमन के प्रसारण ला समर्पित 24 घंटा के चैनल आस्कर मूवीज भोजपुरी के शुरूआत हो गइल बा जवना पर दिन रात कबहियों भोजपुरी फिलिमन के देखल जा सकेला.

जी सिनेमा, स्टार गोल्ड, सेटमैक्स आ फिल्मी चैनल के तर्ज पर अब भोजपुरीओ के 24 घंटा चले वाला भोजपुरी मूवी चैनल शुरू हो गइल बा. ऑस्कर मीडिया प्रा०लि० के एह चैनल के उद्घाटन प्रसार भारती के सी.ई.ओ. रहल बी.एस. लाली बटन दबा के कइलन. एह मीका पर काशी विश्वनाथ मंदिर के मुख्य पुजारी श्रीकांत मिश्रा विधिवत पुजन अर्चन कइले.

ऑस्कर मीडिया के वाईस प्रेसिडंट आनंद सिंह के कहना बा कि बिहार यू.पी., झारखंड क संगही पंजाब, उड़ीसा, बंगाल आ महानगर मुम्बई, कोलकता, दिल्ली में 24 करोड़ भोजपुरिया लोग बा आ एह चैनल के ध्येय एही लोगन के साफ सूथर मनोरंजन देबे के बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।