‘संसार’ के शानदार लान्चिंग
-

sansaar-launchingपिछला दिने एस. आर. 39 फिल्म्स आ कृष्णादीप इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘संसार’ के शानदार लान्चिंग मुंबई के ब्रांदा का एस्को बार में कइल गइल.

निर्माता शंकर रोहरा आ माया यादव के एह फिलिम के लेखन-निदेशन मशहुर निर्देशक असलम शेख करीहें. गीतकार प्यारेलाल यादव आ संगीतकार अविनाश झा (घुंघरू) बाड़ें.

एहमें सुपरस्टार खेसारीलाल यादव के प्रमुख भूमिका बा. लान्चिंग के मौका पर रवि किशन, पहलाज निहलानी, आलोक कुमार, सुजीत तिवारी, जगदीश शर्मा, हैरी फर्नाडिस, राजकुमार पाण्डेय आ रिंकू घोष खास तौर से मौजद रहे लोग.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts