अभिनेत्री सीमा सिंह अजमेर शरीफ के जियारत कइली

SeemaSingh-at-Ajmerपिछला दिने अभिनेत्री सीमा सिंह अजमेर के ख़्वाजा मोईनुद्दीन चिश्ती के दरगाह पर जियारत करे गइल रही. भोजपुरी सिनेमा समेत बॉलीवुड, बंगला, राजस्थानी, मराठी अउर हरियाणवी सिनेमा में आपन एगो निकहा पहिचान बना चुकल सीमा सिंह ख़्वाजा मोईनुद्दीन चिश्ती के दरगाह जा के माथा टेकली आ अपना आवेवाली फिलिमन ‘जानी दुश्मन’, ‘कसम वर्दी के’, ‘सैंयाजी दिलवा मांगे ले’ के सफलता के दुआ मँगली.

एह बारे में बतावत सीमा सिंह कहली कि आजु ऊ ख्वाजा के रहमे करम से एह मुकाम ले चहुँपल बाड़ी. साल 2007 में जब उनकर सितारा गर्दिश में चलत रहुवे तब एगो हमदर्द के सलाह पर ख्वाजा के ज़ियारत करे गइल रही आ मन्नत मँगले रही कि एह जहान में उनुका के लोग उनुका नाम आ काम दुनु से जाने. ख़्वाजा के इनायत से फिलिम ‘कहां जईबऽ राजा नजरिया लड़ाई के’ नसीब भइल आ तब से फेरु पीछे मुड के ना देखे पड़ल. एही से हर साल ख़्वाजा के दरबार में हाजिरी लगावे आवत रहेली.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।