विजय वर्मा आ रानी चटर्जी के सुपर हिट जोड़ी फेरु धमाल मचवलसि

RaniChaterji-VijayVermaअपना सुपर हिट “धड़केला तोहरे नावे करेजवा” फिलिम से एंग्री यंगमैन बन गइल नायक विजय वर्मा आ भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार नायिका रानी चटर्जी के जोड़ी एक बेर फेर सिनेमा के रूपहुला परदा पर धमाल मचवले बिया. एह फिलिम में विजय वर्मा के बढ़िया स्टंट देखे के मिलत बा. आ विजय वर्मा अउर रानी चटर्जी के जोड़ी एह फिलिम “रानी नं० 786” में दर्शकन के खूब मनोरंजन करत बिया.

माँ कृष्णा फिल्म्स (अमिताभ गुंजन ‘‘चुन्नु’’) के परोसल, निर्माता रिजवी अहमद (रिंकू) आ पराग शर्मा के फिलिम ‘‘रानी नं० 786’’ के शानदार ओपनिंग मिलल बा. निर्देशक हउवें संजीव बोहरपी अउर संदीप तिवारी, आ लाईन प्रोडयुसर निलाभ तिवारी. संगीतकार मधुकर आनंद, सिनेमैटोग्राफर त्रिलोकी चौधरी, नृत्य निर्देशक बाली, मारधाड़ मास्टर सिंह इज किंग बाड़ें.

मुख्य भूमिका में विजय वर्मा, रानी चटर्जी, लल्लन सिंह, ज्योति वाडिया, सत्या, भोला जी, अनूप लोटा, सुनीता सिंह अउर यशवंत सिंह बाड़ें.


(रामचन्द्र यादव)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..