बिहार के मुख्यमंत्री आ सुशासन बाबू के प्रिय नमूना जीतन माँझी अपना अय्याश बेटा के तरफदारी मे उतर गइल बाड़े. कहतारे कि गर्ल फ्रेंड त केहू राख सकेला, एहमे नाजायज का बा. असल मे जीतन माँझी के बेटा पिछला दिने बोधगया मे अपना माशूका का संगे आनन्द उठावत लोग का सोझा आ गइलन. बाप के धौंस देखा के होटल वाला से ल्कजरी रूम ले के उ पहिलहू ई सब करत आइल रहले. बाकिर अबकी बेर जब अइलन त रूम मे घुसला का बाद होटल के कर्मचारी बाहर से ताला बशद क के सबका के बोला लिहले. पुलिस पँहुच के मामिला सलटावे के कोशिश करे मे लागल बिया आ हो सकेला कि मामिला खतमो हो जाव. काहे कि उ औरत कवनो शिकायत नइखे कइले आ होटल के बिल के मामिला ले दे के सधिए जाई.
0 Comments