आग लगा के हाथ सेंके चहुपली जमालो


मध्य प्रदेश के मंदसौर अफीम के खेती खातिर जानल जाले आ एहिजा के किस्न आम तौर पर खुशहाल मानल जालें. बाकिर किसान आन्दोलन का नाम प एहिजा बड़हन बवाल खड़ा करा दीहले बिया कांग्रेस. कहल जात बा कि बाकायदा षडयन्त्र का तहत गोली चला के पाँच गो आन्दोलनकारियन के जान ले लीहल गइल आ एकर दो। पुलिस प मढ़े के कोशिश जम के हो रहल बा जबकि पिलिस के कहना बा कि ऊ फायर करबे ना कइलसि.

अबहीं मंदसोर में कर्फ्यू लागल बा बाकि हमेशा का तरह एहू बवाल में आपन चेहरा चमकावे के कोशिश में राहुल गांधी ओहिजा चँहुप गइलन. जेड सुरक्षा चक्र में रहे वाला राहुल अपना सुरक्षा के परवाह ना करत एगो मोटरसाइकिल से निकललन. एगो सिपाही से अझूरइबो कइलन. उनुका स्तर के नेता से एह तरह के बेवहार ना होखल चाहीं.

ट्वीटर प एह मुद्दा प भइल चरचा में हजारो ट्वीट क के लोग आपन राय दीहले बा. अधिकतर लोग एह काम खातिर राहुल के आलोचना कइले बाड़ें.

एही मुद्दा प करावल सर्वे में 3740 लोग शामिल भइल आ 84 फीसदी लोग के राय रहल कि राहुल के नौटंकी किसानन ला कम आ अपना ला बेसी रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *