आजु भाजपा, काल्ह राजद, परसो जदयू


चारा घोटाला में मुजरिम करार हो चुकल लालू के पूरा परिवार प अब जेल जाए के अनेसा मँड़रात बा. अपना जेल जाए का बेरा अपना मेहरारू के सीएम बनवा के कुरसी प कायम रहे के तिकड़म करे वाला लालू के जब चुनाव लड़े के नाकाबिल बना दीहल गइल त ऊ अपना बेटन के अपना गोल के राजनीति सँउपे के उपाय क लीहलन. दूनू बेटन के नीतीश का छाती प मूंग दरत कैबिनेट मंत्री बनवा दीहलन आ छोटका बेटा तेजस्वी के सीधे डिप्टी सीएम बनवा लीहलन लालू. बाकिर खैर, खून, खाँसी, खुशी, बैर, प्रीत, मधुपान रहिमन दाबे ना दबे जाने सकल जहान का तर्ज प घोटालन के आँच उनुका बेटो बेटियन ला आ धमकल. बेनामी संपति के एह मामिलन में अगर दोषी साबित हो गइल लोग त पूरा परिवार के जेल जाए के पूरा अनेसा हो गइल बा.
अपना के सुशासन बाबू कहवावे के शौकीन नीतीश कुमार के हालत भई गति साँप छूछून्दर के री, उगिलत आन्हर, निगसत कोढ़ी वाला हो गइल बा. लालू के गोल का सहारे बिहार सीएम का कुरसी प काबिज भइल नीतीश अगर एह मामिला के महटियावत बाड़न त सुशासन बाबू का बदले कुशासनी बन जइहें आ अगर कुछ बोलत करत बाड़न त कुरसी से फेंका जइहें. भाजपा से अलग हो गइला का बाद फेरु ओकरे चरण प गिरल उनुका स्वाभिमान के चोट चहुँपा दी.
चार दिन ले बीमारी का नाम प राजगीर प्रवास प रहला का बाद नीतीश पटना लवटि आइल बाड़न आ अब सियासी हलचल प उनुकर नजर बा. मौजूदा राजनीतिक हालात प राय विचार करे ला आजु भाजपा आपन बइठक कइलसि आ अपना गोल के मध्यावधि चुनाव ला तइयार होखे के कह दिहलसि. लालू के राजद गोल के बइठका काल्हु बोलावल बा आ एकरा में भइल फैसला का बाद आपन राह तय करे खातिर जदयू के बइठका मंगल का दिने होखे वाला बा. मंगले के पता चली कि आखिर केकर मंगल होखे जात बा, बिहार के, लालू के, नीतीश के, आ कि भाजपा के.
हो सकेला कि बड़हन आफत से बचे खातिर लालू छोटहन आफत सकार लेसु. एह हालात में ऊ तेजस्वी से इस्तीफा दिअवा सकेलें कि नीतीश के गरगट मत होखे आ ऊ सरकार में राजद के बनवले राखसु जवना से लालू के उमेद बचल रहि सको कि देर सबेर कुछ राहत के राह निकल सकेला. एह बीच जमानले प चलत सोनिया राहुल के गोल कांग्रेस लालू के पूरा समर्थन देबे के एलान क दिहले बिया.

0 Comments