आतंकियन के साथी इशरत खगौल के रहली

साल २००४ में गुजरात में तीन गो आतंकियन का साथे मराइल लइकी इशरत जहाँ के बपसी खगौल के हउवें आ मुंबई जा के बस गइल रहलें. सीबीआई हालही में ओह मुठभेड़ के फर्जी बतावत एगो रिपोर्ट अदालत में दाखिल कइले बिया. सीबीआई के कहना बा कि ऊ एह बात के जाँच नइखे करत कि इशरत आ ओकरा साथे के तीन गो लइका आतंकी रहलें कि ना. ओकर जाँच बस एह बारे में बा कि उ मुठभेड़ असली रहल कि फर्जी जवना में एह चार गो नवहियन के मौत भइल रहुवे. एह मुठभेड़ के कांग्रेस आ भाजपा राजनीतिक मुद्दा बना लिहले बाड़न. कांग्रेस के कोशिश बा कि केहु तरह एह मुठभेड़ का लपेटा में नरेन्द्र मोदी के लपेट लिहल जाव. एह खातिर केन्द्र सरकार के इहो चिंता नइखे कि एह चलते आईबी आ सीबीआई में सीधा टकराव के हालात पैदा हो गइल बा. काहे कि इशरत आ ओकरा साथियन क बारे में केन्द्र के आईबी गुजरात पुलिस के चेतवले रहुवे कि ई आतंकी दल गुजरात में एगो बड़का नेता के हत्या करे का फिराक में बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..