ईदे मिलादुनबी का मौका पर जलसा जुलूस

बुध का दिने देश भर में पैगम्बर साहब के जन्म दिन पूरा धूम धाम से मनावल जा रहल बा. जगहे जगह जलसा हो रहल बा आ जुलूस निकालल जा रहल बा. मस्जिदन के खूब सजावल गइल बा आ कई जगह लोग अपना घर पर झालर पट्टी लगवले बा. जलसा कर के पैगम्बर के संदेश के जानकारी दिहल जा रहल बा आ लोग से उनुका बतावल राह पर चले के सलाह दिहल जा रहल बा. हर घर पर हरियर झंडा फहरावे के संदेशो दिहल जा रहल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।