उत्तर प्रदेश के खबर

(बियफे 15 सितम्बर))

  • आजमगढ़ के बरदह थाना के बिजौली गाँव में करंट लगला से एगो आदमी के मौत हो गइल बा. बिजली का खंभा में करंट आ गइल रहे जवना से ई मौत भइल.
  • राज्य में बहत्तर आठ सौ पच्चीस शिक्षकन के भरती कइल जाई जवना खातिर अभ्यर्थियन के शिक्षक पात्रता परीक्षा पास करे के पड़ी. एह खातिर बेसी से बेसी पैंतीस साल के लोग आवेदन दे सकेला. कुछ वर्ग के आवेदकन खातिर उमिर सीमा बेसी राखल गइल बा.
  • अमर सिंह के खराब स्वास्थ्य देखत उनुका के अंतरिम जमानत मिल गइल बाकिर उनइस तारीख ले उनुका अपना नियमित जमनात खातिर अरजी लगावे के कहल गइल बा. काल्हु अमर सिंह से भेंट करे गइल जयाप्रदा कहली कि अगर अमर सिहं के मुँह खुलल त बहुते लोग बेनकाब हो जाई.
  • बलिया सदर से मंजू सिंह के अबकी बसपा के टिकट ना दिहल जाई. जौनपुर के मुंगरा बादशाहपुर से सुभाषो पाण्डेय के टिकट काट दिहल गइल. उनुका खिलाफ लोकायुक्त जाँच चलत बा.
  • प्रदेश के गड़हा बनल सड़कन के नवंबर तक मरम्मति करा लेबे के आदेश दिहल गइल बा. एह खातिर सात हजार आठ सौ पन्द्रह करोड़ रुपिया खरच कइल जाई.
  • मुरी एक्सप्रेस में इलाहाबाद में लोकल सवारियन का साथे भइल मारपीट में झारखण्ड के 7 गो खिलाड़ी घाहिल भइले.
  • उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल कल्याण सिंह काल्हु फेर कहले कि ऊ भाजपा में जाये के नेवता ठुकरा दिहले बाड़न, उनुकर पार्टी अकेले अगिला चुनाव लड़ी.
  • मेरठ में बुध का रात बस अड्डे से एगो लावारिस बैग मिलल जवना में 690 कारतूस आ एगो पिस्तौल बरामद भइल.
  • बुलंदशहर में कक्षा नौ के एगो छात्र मामूली विवाद में अपना सहपाठी के गोली मार दिहलसि. घवाहिल छात्र के हालत गंभीर बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।