उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक 16 सितम्बर)

  • पीलीभीत में अपना धार्मिक किताब के अपमान करे वाला आरोपियन के गिरफ्तारी माँगत लोग रोडवेज बस सहित अनेके सरकारी आ निजियो वाहन में तोड़ फोड़ करत आग लगा दिहले.
  • बांदा जनपद में दू गो अलग-अलग घटनन में शुक का दिने दू गो मेहरारू पारिवारिक कलह का चलते आग लगा के मर गइली सँ.
  • इलाहाबाद हाई कोर्ट एनआरएचएम घोटाला के सीबीआई जांच करावे पर आपन फैसला काल्हु सुरक्षित राख लिहलसि.
  • पेट्रोल के दाम बढ़वला का खिलाफ प्रदर्शन करे वाला सपा कार्यकर्तन पर काल्हु लखनऊ में लाठी चार्ज कइल गइल आ पानी के बौछार डाल के भगावल गइल.
  • लखीमपुर खीरी जिला में बियफे का दिने एगो मगरमच्छ 10 साल के लड़िकी के मार दिहलसि.
  • उत्तर प्रदेश सरकार बकाया बिजली बिल भुगतान खातिर चलावल ‘एकमुश्त समाधान योजना’ के मियाद अब 31 अक्टूबर ले बढ़ा दिहले बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।