उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 18 नवंबर)

  • भट्टा-पारसौल बलात्कार कांड में 30 जने के नामजद करे के आदेश दिहलसि नोएडा के एगो अदालत.
  • केंद्रीय कोयला मंत्री श्रीप्रकाश जायसवाल कहले बाड़न कि कांग्रेसी नेता लोगन पर दर्ज मुकदमा वापिस लिहल जाव ना त पार्टी आंदोलन करी.
  • भाजपा के आरोप बा कि आपन आपन घोटाला लुकावे खातिर कांग्रेस आ बसपा में साँठगाँठ हो गइल बा.
  • मायावती पर दलितन के अनदेखी करे के आरोप लगवलन इंडियन जस्टिस पार्टी के अध्यक्ष उदितराज. कहलन कि मायावती के एकर खामियाजा भरे के पड़ी.
  • लखनऊ में पुलिस बियफे रात तीन गो तस्करन के एक लाख रुपिया के जाली नोट का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..