उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 30 नवंबर)

  • 65 लाख रुपिया के चंदा से बनल आजमगढ़ में ‘ज्ञान के पुल’
    अबु जफर

    आजमगढ़ (उत्तर प्रदेश), 30 नवंबर (आईएएनएस)| आजमगढ़ जिला में एगो नदी पर गाँव के लोग अपने में चंदा बिटोर के एगो पुल बना लिहल जवना से गाँव के लड़िका बाहर कस्बा जा के बढ़िया पढ़ाई कर सकसु. आजमगढ़ शहर से 35 किलोमीटर दूर तोवा गांव में नदी एह पुल के निर्माण कार्य 2004 में शुरू भइल रहुवे बाकिर पइसा का तंगी से काम कई बेर रुक रुक के चलल. केहु तरह साल 2009 में पुल बनके तइयार हो गइल त दुनु तरफ जोड़े वाला सड़क ना रहे. बाद में साल 2010 में ई पुल शुरू हो पावल.

    तोवा गांव में बनल एह पुल से इलाका के पचासन गाँवन के एक लाख लोग के एह पुल से फायदा मिलत बा. छह गो खंभा पर बनल एह पुल में 65 लाख रुपिया लागल जवना के चंदा से जुटावल गइल. सगरी काम तोवा गाँव के शकील अहमद का देखरेख में भइल जे खुद त पाँचवी पास हउवन बाकिर करीब 800 विद्यार्थियन के फायदा खातिर कंकरीट के ई पुल बनावे के पहल कइलें. अब एह पुल के ‘ज्ञान के पुल’ का रूप में देखल जात बा. अहमद एह पुल के संकल्प तब लिहलें जब साल 1998 का बाढ़ में विद्यार्थियन के नदी पार करावत नाव पलट गइल रहे आ एह में सैफुल्ला नामके आठ साल के एगो विद्यार्थी मर गइल रहे आ बहुते बच्चा घवाहिल हो गइल रहलन.

    सरायमीर कस्बा जाये के दू गो अउरिया रास्ता बा बाकिर 20 किलोमीटर लमहर. पुल बन गइला से ई दूरी घट के दू किलोमीटर रह गइल बा. पुल बनावे वाला शकील कहलन कि ई काम आसान ना रहल. लोग समुझे कि हम चंदा बिटोर के धोखा देब. घर वाले घर से निकाल दिहले. बड़ भाई प्रधान रहलें आ उनुका लागल कि चंदा मँगला से बेईज्जति होत बा. शकील एह काम खातिर मुम्बई, दिल्ली आ दुबई ले गइलन जहाँ आजमगढ़ आ अगल बगल के इलाका के लोग कमाई करे जात रहेला. पुल बनला का बाद लोग के मन में शकील खातिर दुआ भर गइल बा.

  • विधायक रहल राम कुमार भार्गव के यूपी प्रदेश कांग्रेस कमेटी के मुख्य प्रवक्ता बनावल गइल बा. पहिले के प्रवक्ता सुबोध श्रीवास्तव पार्टी से नाराज होके इस्तीफा दे दिहले रहलन.
  • भाजपा विनय कटियार के सुरक्षा बढ़ावे के माँग कइलसि काहे कि उनुका के फोन कर के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।