उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 2 दिसंबर)

  • 7 दिसम्बर से फेर यूपी के दौरा पर अइहन राहुल गाँधी.
  • कानपुर में शुक का दिने बी. टेक. के एगो छात्र के दोसर दू गो छात्र गोली मार के हत्या कर दिहले. पुलिस एकरा के प्रेम प्रसंग से जुड़ल बतावत बिया. केहु के गिरफ्तारी अबही नइखे भइल.
  • बसपा सरकार के तीन गो मंत्री, दद्दू प्रसाद, नारायण सिंह आ जयवीर सिंह का खिलाफ भठियरपन आ जमीन कब्जावे के आरोप लोकायुक्त गलत पवले बाड़न. दद्दू आ जयवीर सिंह का खिलाफ एक एक गो मामिला अबहियो जाँच का दौर में बा.
  • स्थानीय निकाय चुनाव मामिला पर आपन फैसला इलाहाबाद उच्च न्यायायलय सुरक्षित राख लिहले बा.
  • पिछला साल प्रदेश में पोलियो के एकहू मामिला सामने नइखे आइल. अगर जनवरी ले कवनो मामिला सामने नइखे आवत त मान लिहल जाई कि पोलियो के खतम कर दिहल गइल बा.
  • मिर्जापुर के तीन गो सिपाहियन के नौकरी से हटा दिहल गइल बा काहे कि ओहमें से दू गो शराब के धंधा में लागल रहले आ तिसरका फर्जी प्रमाणपत्र पर बहाल भइल रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..