उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 3 दिसंबर)

  • यूपी के शिक्षकन के अब मनमाफिक तबादला दिहल जाई.
  • यूपी विधानसभा के 50 सीट पर आपन उम्मीदवार खड़ा करी कौमी एकता दल. कहलें अफजाल अंसारी.
  • विधानसभा चुनाव में अब उम्मीदवार सोलह लाख रुपिया ले जायज तरीका से खरच कर सकीहें. पहिले ई सीमा दसे लाख रहल बाकिर महँगाई का चलते चुनाव आयोग सीमा बढ़ा दिहलसि. आयोग राज्य के हर मतदाता के नाम सूची में दर्ज करवावे खातिर पाँच से पन्द्रह जनवरी ले फेर विशेष अभियान चलाई.
  • देश के पहिलका राष्ट्रपति रहल डा॰ राजेन्द्र प्रसाद के जयन्ती पूरा प्रदेश में अधिवक्ता दिवस का तरह मनावल गइल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..