उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 3 दिसंबर)

  • यूपी के शिक्षकन के अब मनमाफिक तबादला दिहल जाई.
  • यूपी विधानसभा के 50 सीट पर आपन उम्मीदवार खड़ा करी कौमी एकता दल. कहलें अफजाल अंसारी.
  • विधानसभा चुनाव में अब उम्मीदवार सोलह लाख रुपिया ले जायज तरीका से खरच कर सकीहें. पहिले ई सीमा दसे लाख रहल बाकिर महँगाई का चलते चुनाव आयोग सीमा बढ़ा दिहलसि. आयोग राज्य के हर मतदाता के नाम सूची में दर्ज करवावे खातिर पाँच से पन्द्रह जनवरी ले फेर विशेष अभियान चलाई.
  • देश के पहिलका राष्ट्रपति रहल डा॰ राजेन्द्र प्रसाद के जयन्ती पूरा प्रदेश में अधिवक्ता दिवस का तरह मनावल गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।