‘‘एक दूजे के लिए’’ के संगीत जारी भइल

यशी फिल्मस् प्रा. लि. आ कैपिटल फिल्मस् प्रा. लि के बैनर तले बनल चर्चित भोजपुरी फिलिम ‘‘एक दूजे के लिए’’ के आडियो पिछला दिने मुंबई के टुलिप स्टार होटल में निर्माता अभय सिन्हा, इम्पा अध्यक्ष टी. पी. अग्रवाल, अभिनेता दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, निर्देशक अनिल अजिताभ, वीनस के चंपक जैन, नृत्य निर्देशक पप्पू खन्ना आ डांसिंग क्वीन संभावना सेठ के हाथे जारी भइल.

संगीत जारी करत निर्माता अभय सिन्हा आ टी. पी. अग्रवाल बतवले कि ‘एक दूजे के लिए’ पूरा परिवार लायक मंनोरंजन देबे वाली लव स्टोरी ह. अभिनेता दिनेशलाल यादव निरहुआ एह फिलिम के एगो सार्थक प्रयास बतावत कहलें कि एहसे भोजपुरी सिनेमा के नया राह खुली आ भोजपुरी सिनेमा के मान-सम्मान से देखल जाई.

अभिनेत्री मधु शर्मा के ई पहिला भोजपुरी फिल्म ह जवना में काम कर के मधु बहुते आनन्दित भइल बतवली. कहली कि अतना बढ़िया भुमिका देबे खातिर अभय सिन्हा आ अनिल अजिताभ के तहेदिल से धन्यवाद करत बाड़ी.

एह फिलिम में पहिला बेर निरहुआ आ पवन सिंह एक संगे नजर अइहें. एकरा के दुर्गा पूजा में रिलीज कइल जाई.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।