बिहार के सासाराम से आवे वाला विभव कुमार आआपा के संयोजक अरविन्द केजरीवाल के निजी सचिव रहलन बाकिर एगो अधिकारी के पिटाई के आरोप में उनुकर नाम अइला का बाद सचिव पद से हटा दीहल गइल. एकरा बादो ऊ केजरीवाल का साथही परछाईं का तरह बनल रहेलें. असल में अरविन्द कुमार के अतना बेंवत नइखे कि ऊ विभव कुमार के हटा सकसु भा उनुका खिलाफ कवनो कार्रवाई कर सकसु.
एने देश में सभले बेसी चरचा में आ गइल स्वाति मालीवाल के पिटाई वाला मामिला में सगरी आरोप एही विभव पर बा. स्वाति आ विभव आजु से ना, दिल्ली में सरकार बनला का बाद से ना, बलुक बीसन बरीस से अरविन्द का साथे ओही तरह सटल रहत आइल बाड़न कि निरहुआ के गाना – -दुलहिन रहे बेमार, निरहुआ सटल रहे’ पानी मांगे लागे.
आ अब बेचारा अरविन्द एह दुनू पाटन का बीचे अइमन पिसा रहल बा कि ओकरा समुझ में नइखे आवत कि कइसे एह मामिला से गरदन छोड़ावे. हमरा एह बारे में कवनो पुख्ता जानकारी नइखे बाकिर मीडिया में आवत खबरन के पढ़ सुन के जवन खाका हमरा मन में खींचात बा ओकरे के रउरा सभे का साथे साझा करत बानी. हमरा लागत बा कि अरविन्द पहिले त सोचलसि कि अगर स्वाति के कुछ ले दे के पटा लीहल जाव त मामिला सलटावल आसान हो जाई. बाकिर स्वातिओ केजरीवाल से कम घाघ नइखी रह गइल. से सौदा एह तरह से पटल कि पहिले आआपा के तरफ से एह तरह के बयान आ जाव कि स्वाति का साथे जवन कुछ बदतमीजी कइल गइल ऊ निन्दनीय बा आ विभव का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई. एकरा बाद संजय सिंह प्रेस का सोझा अइसने बयान दे दीहलन. मामिला लगभग सलटिए गइल रहल अगर केजरीवाल विभव के अपना साथे लखनऊ ना ले गइल रहतन. विभव के केजरीवाल का साथे देखला का बाद स्वाति बुझ गइली कि ई “राजनीतिक हिटमैन” कनियवो के भाई दुलहवो के भाई बन के रहल चाहत बा. आ तब स्वाति समझौता से बाहर हो गइली आ पुलिस के आपन बयान लिखवा दिहली. पुलिसो स्वाति के मेडिकल जाँच करवा लिहला का बाद बाकायदा अदालत ले जा के मजिस्ट्रेट का सोझो बयान दर्ज करवा लीहलसि. अब केजरीवाल जान गइलन कि स्वाति त हाथ से बाहर हो गइली, अगर जे कहीं विभवो बेकाबू हो जाई त उनुका कतहीं ठौर ना मिल पाई. काहे कि विभव आ स्वाति अरविन्द के सगरी सुकर्म आ कुकर्म के जानकारी राखेलें. दुनू में से कम से कम एगो त साथ रहे.अगर विभवो हाथ से बाहर हो जइहें त सगरी खाता-खतियान उजागर होखत में देर ना लागी.
बाकिर एगो पेंच अबहियों हमरा समुझ से बाहर बा कि अचके में राघव चढ्ढा कइसे लवटि अइलन. खेल लमहर चले के बा से सभे साँस रोकले रहे. अबहीं आखिरी परिणाम सोझा नइखे आइल. नीचे का वीडिओ में आआपा का तरफ से खेलत आतिशी मर्लेना के बयान सुन लीहल बढ़िया मनरंजन करी. आ ओकरा बाद संजय सिंह के बयानो सुन के आनन्द लीं सभे –
— Gaurav 🇮🇳 (Modi Ka Parivar) (@IamGMishra) May 18, 2024
0 Comments