एगो छात्र के मौत का बाद बनारस के एगो अस्पताल पर बवाल

यूपी काॅलेज, वाराणसी के एगो छात्र तबियत बिगड़ला पर गिलट बाजार के एगो नर्सिंग होम पर भरती करावल गइल रहुवे जहाँ से तबियत अउरी बिगड़ला का बाद बीएचयू खाति रेफर क दीहल गइल. लोग उनुका के ले के जाते रहुवे कि राहे में मौत हो गइल. एकरा बाद परिजन लवटलें आ ओह निजी अस्पताल पर बवाल काटे लगलें. एह लोग के शिकायत बा कि केस बिगाड़ दिहला का बाद ओह छात्र के रेफर कइल गइल रहुवे. एह बारे में कैंट थाना में केस लिखवावल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..