Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

एगो पाठक नीरज का बहाने

काल्हु अँजोरिया के एगो सम्मानित पाठक नीरज जी जानल चहले कि सुर के महासंग्राम के आडिशन पटना में कहिया होखी? उनुका सवाल के जवाब लिखे बइठनी त बहुत कुछ अइसन लिखा गइल कि सोचनी कि एकरा के अलगे पोस्ट कर दीं.

पता ना का चाहत बावे महुआ टीवी चैनल आ का मन में बावे ओकरा प्रचारक के. महुआ टीवी के अपनो वेबसाइट पर एह बारे में कवनो जानकारी नइखे. जवने जानकारी बा तवन महुआ टीवी चैनल पर. बइठ जाईं ओकरा आगा कलम कागज लेके आ जब एह महासंग्राम के जानकारी आवे तब लिख लीं.

सुर संग्राम एक आ दू के मिलल सफलता का बाद होखे के त ई चाहत रहे कि सुरसंग्राम तीन करावल जाव बाकिर शायद एहले नइखे करावल जात कि अबही ले सुर संग्राम दू के फाइनल नइखे हो पावल. जज लोग आ अंकर लोग के भुगतान के विवाद अलगा बा.

एही सब का चलते हम कई बेर कह चुकल बानी कि महुआ भा कवनो टीवी चैनल, कवनो संगीत कंपनी, कवनो फिल्म, कवनो फिल्मकार से अँजोरिया वेबसमूह के कवनो संबंध नइखे. प्रचारकन से मिले वाला जानकारी रउरा सभे तक चहुँपा दिहिले काहे कि अँजोरिया समूह हमेशा भोजपुरी आ एह भाषा में काम करे वालन के बढ़ावा देत आइल बा, देत आवत रही. अँजोरिया समूह के प्रकाशन बलिया से कइल जाला जहवाँ टीवी भा सिनेमा भा संगीत का बारे में कवनो जानकारी ले पावल मुश्किल होला. दोसरे भोजपुरी के वेबसाइटन के प्रकाशन आर्थिक सक्षम नइखन स कि आपन संवाददाता आ आपन ब्यूरो चलावल जा सके.

एह दिसाईं पाठक लोग के सक्रिय सहयोग के अपेक्षा रहेला कि ऊ लोग अपना स्रोत से मिलल जानकारी के बाकी पाठकन से मिल बाँटे लोग. अगर अइसन होखे लाग जाव त सिनेमा आ टीवी चैनल का बारे में सही सही जानकारियो मिल पाई. बाकिर रउरा सभे बानी कि कुछ बाँटे के तइयारे नइखीं. आइलें, जवन मिलल तवना के देखनी, पढ़नी आ चल दिहनी बिना कुछ कहले, बिना कवनो टिप्पणी मरले.

घरो में आदमी खाना खाला त ओकरा बारे में अगर टिप्पणी ना करे त रसोईया के मन टूटेला. ना विश्वास होखे त अपने घर में पूछ लीं. सामने वाला चटखारा ले के खाय, बड़ाई करे त बनावे परोसे वाला के आनन्द मिलेला आ काम के थकान खतम हो जाला. अगर खराब लागल भा पसन्द ना आइल तबहियो बतावल जरूरी होला जेहसे कि रसोईया अगिला बेर सचेत रहो.

हमार काम रसोईये जइसन बा. टिप्पणी दिहल राउर काम होखे के चाहीं. रोजाना नाहियों त चार सौ लोग जरूरे आवत होई अँजोरिया पर ओहमें से चालीसो पचास लोग टिप्पणि देबे लागे तब भोजपुरी आ एह से जुड़ल लोगन के काम में गुणात्मक परिवर्तन अइला बिना ना रही.

बाकी राउर मरजी.

राउर,
संपादक, अँजोरिया

3 Comments

  1. प्रभाकर पाण्डेय

    घरो में आदमी खाना खाला त ओकरा बारे में अगर टिप्पणी ना करे त रसोईया के मन टूटेला. ना विश्वास होखे त अपने घर में पूछ लीं. सामने वाला चटखारा ले के खाय, बड़ाई करे त बनावे परोसे वाला के आनन्द मिलेला आ काम के थकान खतम हो जाला. अगर खराब लागल भा पसन्द ना आइल तबहियो बतावल जरूरी होला जेहसे कि रसोईया अगिला बेर सचेत रहो.

    संपादकजी…सदा सत्य…

    हमार काम रसोईये जइसन बा. टिप्पणी दिहल राउर काम होखे के चाहीं. रोजाना नाहियों त चार सौ लोग जरूरे आवत होई अँजोरिया पर ओहमें से चालीसो पचास लोग टिप्पणि देबे लागे तब भोजपुरी आ एह से जुड़ल लोगन के काम में गुणात्मक परिवर्तन अइला बिना ना रही.

    Reply
  2. संजीव सिंह

    संपादक जी प्रणाम,

    हेतना निराश होखेम तऽ काम ना चली। हम मानत बानी कि लोग टिप्पणी करे से कगरीया जाला, बाकीर कम से कम ऐह वेबसाईट पऽ आवे ला तऽ जरूर। अपना भाषा मे समाचार, कहानी, कथा, कविता पढे ला तऽ जरूर। अउर रउआ मानी आ चाहे मत मानी, हेतना सभ कुछ पढला के बाद कहीयो ना कहीयो तऽ लोग के मन मे अपना हाथ से कुछवु लिखे के मन करी।

    जईसे एगो बढीया वक्ता उहे आदमी बन सकत बावे जे कबो एगो सुथर श्रोता रहल होखे। वईसे ही रोज-रोज पढला के बाद आदमी कुछवु ना कुछवु त लिखबे करी कहीयो। ऐह से हबडाई मत। भोजपुरी के पहिला वेबसाईट के संपादक जब ऐह त हबडा जाई त नवहा लिखनीहार लोग कहाँ जाई?

    हम मानत बानी कि कवनो इंसान के अपना काम मे मन तबे लागेला जब केहू ओकर हौसला अफजाई करो बाकीर ई जरूरी भी नईके। निश्चय करी अपना मन मे उहे जवन अँजोरिया के शुरूवात के घरी कईले रहनी। विश्वास रखी एक ना एक दिन लोग के आदत जरूर सुधरी।

    संजीव

    Reply
    • OP_Singh

      धन्यवाद संजीव जी.

      Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *