एगो प्रेम प्रलाप

– डॉ. कमल किशोर सिंह

तनि सुनी एगो बात, नाहीं झूठ, कहीं सांच.
रउआ बिना आपन जिनिगी पहाड़ लागेला.

काटे धावे घर, नीक लागे ना बाहर,
जगवा में सब कुछ बेकार लागेला.

रतिया के बतिया सुनाई का संघतिया,
दिनवो में हमरा अन्हार लागेला.

अइसन जिअरा उदास, लागे भूख ना पियास,
मउराइल मन ब्यथित, बेमार लागेला.

रउआ रहीं जब पास, हिय में हरस उल्लास,
सभ सरस सुखद संसार लागेला.

खेत बाग़ लहलहाला, घरबार जगमगाला,
मन हरदम हरियर हमार लागेला.

हमरा रउआ पे गुमान, हम चली सीना तान,
सब जिनगी के सपना साकार लागेला.


डा॰कमल के पहिले प्रकाशित रचना

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..