एनडीटीवी के मालिक का घर प सीबाआई के छापा


आजु सोमार का दिने सीबीआई एगो बैंक के करोड़ों के चूना लगा के आपन संपति बढावे का आरोप के जाँच का दौरान टीवी चैनल एनडीटीवी के मालिक प्रणय रॉय आ उनुका मेहरारु राधिका रॉय के घर प छापा मरलसि आ एह लोग को खिलाफ केस दर्ज क लिहलसि.

अपने कंपनी के शेयर हड़पे खातिर ई लोग पहिले इंडिया बुल्स से 439 करोड़ के करजा लीहल आ एह करजा के लवटावे खातिर आइसीआइसीआइ बैंक से 375 करोड़ रुपिया के करजा लीहल. बाद में बैंक के घाटा लगावत एह करजा का बदले महज 350 करोड़ रुपिया वापि. कइल. इहो रुपिया गलत सलत तरीका से जुटावे के आरोप बा एह लोगन प.

एह कार्रवाई प जनमत दू हिस्सा में बँट गइल बा. अधिका लोग एकर स्वागत कइले बा कि कानून के डर सभका होखे के चाहीं ऊ आदमी चाहे कतनो बेंवतगर काहे ना होखे. दोसरा तरफ मोदी विरोधी लोग एकरा के मीडिया प हमला बतावत बा. एह लोग के चाह बा कि मीडिया के सगरी कुकर्म के अनदेखी क देबे के चाहीं खास क के ओह मीडिया के जे मोदी के खिलाफ होखे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।