ओकरा बाद फेर ना मिल पवलें राजेश खन्ना आ मनोज तिवारी

बॉलीवुड के पहिला सुपर स्टार राजेश खन्ना यानि काका के निधन से पूरा देश में शोक के लहर पसरल बा. मनोजो तिवारी एह निधन से बेहद मर्माहत होत कहलें कि दारा सिंह के जुदा भइला के दुख भुलावे के कोशिशे करत रहीं जा कि काका के निधन हो गइल. पूरा भोजपुरी फिल्म उद्योग का तरफ से काका राजेश खन्ना के निधन पर शोक संवेदना जाहिर कइलें मनोज तिवारी. कहलन कि काका से उनुकर भेंट तीन बेर भइल रहे. पिछला बेर दादा साहेब फाल्के अवार्ड समारोह में मंच शेयर करत में बहुते अपनापन से बात भइल रहे. आ तब काका मुलाक़ात खातिर फेर आवे के कहले रहलें.

मनोज तिवारी कहलें कि काका अमर बाड़ें आ हमनी के ‘जीना यहां, मरना यहां, इसे सिवा जाना कहां…’ गीत के बोल बरबस याद आ जात बा. ओही तरह राजेश खन्ना के याद करत ‘ज़िन्दगी के सफर में गुज़र जाते हैं जो मकाम, वो फिर नहीं आते….’ गीत के बोल याद आ जात बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।