पहिला बेर बनल भोजपुरी फिलिम कम्प्यूटर गेम
-

अबले रउरा सभे हिंदी फिलिमन पर बनल कम्प्यूटर गेम देखले होखब आ खेलले होखब. अब कम्प्यूटर गेम के चलन सिनेमा भोजपुरीओ में देखे के मिली. विनय आनंद के भोजपुरी फिल्म ‘दबंग दामाद’ पर एगो गेम लांच भइल बा परसेप्ट क्रिएशंस के बनावल. एह गेम तीन गो लेवल बा जवना में हीरो खलनायक से लड़त बा. इजी, मीडियम आ हार्ड मोड में तीन लेवल के एह गेम के टच स्क्रीन पर खेलल बहुते आसान बा. बतावल जात बा कि अबले पचीस हजार लोग एकरा के डाउनलोड कइले बा.

पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म पर बनल कंप्यूटर गेम से विनय आनन्द खासा उत्साहित बाड़ें काहे कि ई गेम उनका फिलिम ‘दबंग दामाद’ पर आधारित बा. इहो एगो तरक्की के बात बा सिनेमा भोजपुरी ला.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts