कड़ेर सुरक्षा इंतजामन का बीच गोरखपुर आ फूलपुर में काल्हु डलाई भोट

गोरखपुर 10 मार्च (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के प्रतिष्ठा के सवाल बन चुकल गोरखपुर संसदीय सीट आ उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद के फूलपुर संसदीय सीट के उपचुनावन में काल्हु कड़ेर सुरक्षा का बीच भोटिंग करावल जाई.

पोलिंग करावे वाला दल अपना अपना मतदान केन्द्रन पर चहुंप गइल बाड़ी सँ.

इलेक्ट्रानिक वोटिंग मशीन का बारे में विपक्षियन के जतावल अनेसा का बीत हर मशीन का साथे वीवीपैट लगावल जाई. राज्य निर्वाचन आयोग से मिलल जानकारी का अनुसार भोटिंग सबेरे सात बजे शुरु होके साँझ पांच बजे ले करावल जाई.

एह चुनावन ला अर्द्धसैनिक बल आ पीएसी के 65 कम्पनियन के तैनाती कइल गइल बा. अतिसंवेदनशील 95 गो बूथन पर वेबकास्टिंग करावे के इन्तजाम कइल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।