कलाकार खोज अभियान में उमड़ल भीड़

भोजपुरी टीवी चैनल महुआ टीवी के कलाकार खोज अभियान के दू गो चरण पूरा हो गइल. पहली अप्रेल के लखनऊ में आ तीसरी अप्रेल के गोरखपुर में कलाकारन के हुजूम उमड़ पड़ल आडिशन देबे खातिर. आडिशन देबे खातिर लोग भीतर जाँय आ जब बहरी निकलें त केहू के चेहरा पर मुसुकी रहत रहे त केहू के चेहरा रोआइन आ लोराइल आँख. भीतर आडिशन देबे गइल उम्मीदवार जज लोग के प्रभावित करे में कवनो कसर ना छोड़त रहुवे.

महुआ टीवी के प्रोग्रामिंग हेड कमलेश कुंती सिंह के कहना रहे कि महुआ टीवी हमेशा से माटी से जुड़ल कलाकारन के बड़हन मंच देत आइल बा आ ई खोज अभियान ओही के एगो कड़ी बा जवना के शुरुआत “सुर संग्राम” से भइल आ “डांस संग्राम” से अउरी मजगर भइल. वरिष्ठ कार्यकारी निर्मात्री विनीता उपाध्याय बतवली कि एह अभियान से चुनाइल कलाकारन के महुआ के धारावहिकन में आपन कौशल देखावे के मौका दिहल जाई.

यूपी में अगिला आडिशन ६ आ ७ अप्रेल के बनारस में होखे जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

5 Comments

  1. Umesh sharma

    Main ek singer hoon maine ek audio album bhojpuri devigit bana chuka hoon ab main chata hu ki mahua tv main app logo ke chaaye main rehna chahta hu aur main ek lyric bhi hoon aur apni album ki saari git maine hi sajye hai mera mobile no 08652335160

  2. OP_Singh

    एह काम खातिर महूआ वालन से संपर्क करीं.
    – संपादक

  3. manoj singh

    mahua ka kalaakaar khoj abhyaan,bas ek nautanki thi,kisi bhi actor ko 10 sec. me kya audition liya ja sakta hai,10 sec. me to expression hi nhi aata,mai bna se pass out hun,aur maine bollywood ke kai achhe director ke sath theater kr chuka hun,mahua me maine audition dekar apni jindgi ki bhut badi bhul ki thi

  4. Gunjan kumar

    Sir mai bhojpuri singer bana chahta hu mera mobile no 7033158843

Leave a Reply to Gunjan kumar

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।