कालेज मे नाम लिखावे जात विद्यार्थी के सड़क हादसा में मौत

गाजीपुर नगर कोतवाली मे आजु पीजी कालेज में नाम लिखवावे जात मेदनीपुर के रामराज यादव के बेटा बाइस साल के सोनू के मौत सड़क हादसा में हो गइल.
पुलिस बतावत बिया कि सोनू एगो जीप का पीछे लटक के सफर करत रहुवे आ पी.जी.कालेज में नाम लिखवावे जात रहुवे. एह बीच आदर्श बाजार का लगे जीप चालक अचके में ब्रेक मार दिहलसि जवना से सोनू के हाथ छूट गइल आ ऊ सडक पर फेंका गइल.
घवाहिल सोनू के जिला अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ ओकर खराब हालत देख वाराणसी खातिर रेफर कर दिहल गइल. बाकिर वाराणसी जाए का राहे में ओकर मौत हो गइल.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।