काहे बँसुरिया बजवले

काहे बँसुरिया बजवले
रे सुधि बिसरवले
गइल सुख चैन हमार.
काहे बँसुरिया बजवले
रे सुधि बिसरवले
गइल सुख चैन हमार.
काहे बँसुरिया बजवले.

कँटवा कँटईहा कुछ नाहीं देखलीं
हो कुछ नाहीं देखली.
कँटवा कँकरिया कुछ नाहीं देखलीं
हो कुछ
खोजत खोजत तोहे इहाँ चलि अइली
काहे के मतिया फिरवले, रे डगरी भुलवले
गइल सुख चैन हमार.
काहे बँसुरिया बजवले.

गाँव गिरामिन मारेला बोलिया
हो मारेला बोलिया.
गाँव गिरामिन मारेला बोलिया
हो मारेला बोलिया.
संग के सहेलिया करेला ठिठोलिया.
काहे के नाम धरवले रे दगिया लगवले.
गइल सूख चैन हमार.
काहे बँसुरिया बजवले.

तोरी बँसुरिया में गिनती के छेदवा
हो गिनती के छेदवा.
तोरी बँसुरिया में गिनती के छेदवा
हो गिनती के छेदवा.
मनवा हमार पिया छलनी भइल बा.
काहे के पिरीत बढ़वले रे अगिया लगवले
गइल सूख चैन हमार.
काहे बँसुरिया बजवले.
रे सुधि बिसरवले
गइल सुख चैन हमार.
काहे बँसुरिया बजवले


अँजोरिया पर पहिले से मौजूद दोसर गीत

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।