पटना के घाट पर देबेलू अरघिया हो, केकरा लागी ?
पटना के घाट पर देबेलू अरघिया हो, केकरा लागी ?
ए करेलू छठ बरतिया हो केकरा लागी ?
ए करेलू छठ बरतिया हो केकरा लागी ?

पटना के घाट पर दिहिला अरघिया हो, बेटा लागी ?
ए करीला छठ बरतिया हो बेटा लागी.
ए करीला छठ बरतिया हो बेटा लागी.

अइसन तू करे अइलू छठि माई के घटिया,
बड़ा रे कठिन कइलू छठि के बरतिया
दउड़ा में जरे तोहरा घिउवा के बतिया हो, केकरा लागी
दउड़ा में जरे तोहरा घिउवा के बतिया हो, केकरा लागी
ए करेलू छठ बरतिया हो केकरा लागी ?
ए करेलू छठ बरतिया हो केकरा लागी ?

केहू माँगे अनधन केहू अँखिया के जोति
मईया से माँगि हम मँगिया के मोती
दुखिया के दिनवा में तू होईहऽ सँघतिया हो, साथी लागी
ए करीलां छठ बरतिया हो, साथी लागी.
ए करीलां छठ बरतिया हो, साथी लागी.

कातिक चइतवा में दीहि जे अरघिया,
कहे शिवपुरी भरत जागी ओकर भगिया.
सुखी रही बाल बच्चा अउरी अउरतिया हो, बेटा लागी,
सुखी रही बाल बच्चा अउरी अउरतिया हो, बेटा लागी,
सब करेला छठ बरतिया हो बेटा लागी.
सब करेला छठ बरतिया हो बेटा लागी.

पटना के घाट पर देबेलू अरघिया हो, केकरा लागी ?
पटना के घाट पर देबेलू अरघिया हो, केकरा लागी ?
ए करेलू छठ बरतिया हो केकरा लागी ?
ए करेलू छठ बरतिया हो केकरा लागी ?
ए करेलू छठ बरतिया हो केकरा लागी ?
ए करेलू छठ बरतिया हो केकरा लागी ?
ए करेलू छठ बरतिया हो केकरा लागी ?


अउरी भोजपुरी गीत सुने आ पढ़े खातिर क्लिक करीं.

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    ओ.पी .अमृतांशु के तरफ से भरत शर्मा जी के छठ के बहुत -बहुत बधाई .राउर त भोजपुरी संगीत में बड़ी भारी योगदान बा .राउर आलाप से भोजपुरी संगीत के काया पलट हो गईल .बड़ी मजबूत ठेहा बानी रउआ.छठ -गीत ,देवी गीत भा लोक -गीत .हर घर -हर आँगन में राउर कंठ -नाद सुनल जाला.
    गीतकार
    ओ.पी अमृतांशु